
खांसी-बुखार वाला मरीज के लगा दिहल गइल कुकुर के काटे वाला इंजेक्शन
सीवान जिला के मैरवा अस्पताल में स्वास्थ्य विभाग के लापरवाही के एगो हैरान कर देवे वाला मामला सामने आइल बा। खांसी आ तेज बुखार से परेशान मरीज इलाज खातिर अस्पताल पहुंचल रहल, बाकिर अस्पताल के स्टाफ बिना जाँच कइले ओकरा के कुकुर के काटे वाला रेबीज के इंजेक्शन लगा दिहलस। एह घटना से लोगन में नाराज़गी आ गुस्सा देखे के मिल रहल बा।
जानकारी के मुताबिक, मैरवा प्रखंड के कबीरपुर गाँव के दिनानाथ ठाकुर नाम के व्यक्ति के लगातार खांसी आ तेज बुखार के शिकायत रहल। ऊ इलाज खातिर प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र, मैरवा में गइल रहलन। लेकिन ओहिजा मौजूद स्वास्थ्यकर्मी बिना सही से मुआयना कइले, उनुका के रेबीज के टीका दे दिहलें। जब परिजन लोग डॉक्टर से पूछताछ कइलें तब जा के पूरा मामला सामने आइल।
परिजनों के आरोप बा कि अस्पताल में मरीज के ना त ढंग से जांच हो रहल बा आ ना ही सही इलाज। इलाज के नाम पर बस औपचारिकता निभावल जा रहल बा।
स्थानीय लोग कहत बाड़ें कि ई घटना अस्पताल के अंदर चल रहल अव्यवस्था आ लापरवाही के नतीजा ह। लोग स्वास्थ्य विभाग से मांग कइले बा कि ई मामला के जांच होखे आ दोषी लोगन पर कार्रवाई कइल जाव।
अबले अस्पताल प्रशासन या स्वास्थ्य विभाग के तरफ से कवनो आधिकारिक बयान ना आइल बा, बाकिर घटना के बाद इलाका में आक्रोश के माहौल बन गइल बा आ लोग स्वास्थ्य व्यवस्था से नाराज़ नजर आवत बा।